Thursday, September 25, 2014

देवी गाथा ‘कहनिया दुर्गा माई के’




देवी गीतन के माहौल में देवी गाथा (भोजपुरी) के MP3 सीडी कहनिया दुर्गा माई के नाम से बाजार में बहुत कम समय में काफी लोकप्रिय हो गइल बिया.दिल्ली के मेगना म्यूजिक के एह सीडी में स्वर देले बाड़न प्रसिद्ध भोजपुरी गायक डॉ. रामरक्षा मिश्र विमल.एकर सबसे बड़ खासियत ई बा कि एहमें मधुकैटभ बध से महिषासुर आ शुंभ-निशुंभ बध तक के दुर्गा सप्तशती के सभ प्रसंगन के कहानी सरल शब्दन में आ मधुर स्वर में सुनावल गइल बा.एकरा के सुनिके घर-घर में होखेवाला चंडी पाठ के सभे कथा सभ के आसानी से मिल जाई.एकर गीतकार खुदे डॉ विमल बाड़े आ एह्में संगीत देले बाड़े नगेंद्र चौधरी आ मनोज कुमार चौबे.

एकरा सङही एहमें विष्णु ओझा, के.के.पंडित, दीपक यादव, संजीव और आरजू अंचल के लगभग 60 गो झुमा देबेवाला देवी गीत भी बाटे.। कुल मिलाके दुर्गाजी के समर्पित ई सीडी सबके खातिर बहुते उपयोगी आ मूल्यवान बाटे. 

(समाचार : मनोज कुमार चौबे)

___________________________________
साभार : भोजपुरिका डॉट कॉम

No comments:

Post a Comment